Wednesday, April 23, 2014

कुंवर सिंह : रमाकांत द्विवेदी रमता

देश जागेला त दुनिया में हाला हो जाला/ कंपनी का? परलामेंट के देवाला हो जाला
एह विचार के सिखवले बेवहार कुंवर सिंह/ जगदीशपुर के माटी के सिंगार कुंवर सिंह. 
हर साल 23 अप्रैल को आरा में 1857 के स्वतंत्रता संग्राम के  महांयोद्धा कुंवर सिंह का विजयोत्सव मनाया जाता है. दानापुर के विद्रोही सिपाहियों ने कुंवर सिंह के नेतृत्व में आरा को आजाद कराया. 7 दिन तक यहाँ आज़ाद सरकार रही. फिर लड़ाई आगे बढ़ी. दो-दो अंग्रेज लेफ्टिनेंट को जान गंवानी पड़ी. एक युद्ध छोड़ कर भाग गया.कुंवर सिंह को अंग्रेजों ने जगदीशपुर से बेदखल कर दिया, तब भी उन्होंने हार नहीं मानी. कानपुर, रीवा और आजमगढ़ में कंपनी की सेना से जबरदस्त लड़ाई लड़ते हुए, विजय हासिल करते हुए उन्होंने वापस जगदीशपुर पर अधिकार किया और उसके तीन दिन बाद ही उनकी मृत्यु हो गई. अंग्रेजों की गोली जब उनके बांह में लगी तो उन्होंने तलवार से उसे काट दिया, इसकी चर्चा खूब होती है. 1857 को लेकर विद्वानों में बड़ी बहसें हैं. लेकिन जो लोग आज भी साम्राज्यवाद के खिलाफ भारतीय जनता की एकता, खासकर हिंदू-मुस्लिम एकता के हिमायती हैं. जो गांव नगर फैल रहे कंपनियों के जाल से देश को आजाद कराने की लड़ाई लड़ते रहे हैं,  जो कंपनियों का हित साधने वाली पार्लियामेंट के खिलाफ देश को जगाने के लिए संघर्ष चला रहे हैं, वे कुंवर सिंह के संघर्ष को किस तरह देखते हैं, इसे रमता जी की इस मशहूर रचना के जरिए समझा जा सकता है. सामंती-साम्प्रदायिक ताकतों  द्वारा कुंवर सिंह को अपना नायक बनाने की साजिशों का प्रतिवाद भी है यह गीत. कारपोरेटपरस्त-साम्राज्यपरस्त राजनीति के खिलाफ, साम्प्रदायिक ध्रुवीकरण की राजनीति के खिलाफ जनता की आज की लड़ाइयों के सन्दर्भ में किसानों के फौजी बेटों द्वारा शुरू उस विद्रोह, जो शीघ्र ही जनविद्रोह बन गया, को आइए याद करें. कुंवर सिंह के संघर्ष ने क्रांतिकारी-वामपंथी-जनकवि रमता जी को व्यवहार के धरातल पर किन विचारों को सिखाया, आइए इस पर विचार करें.

कुंवर सिंह


झांझर भारत के नइया खेवनहार कुंवर सिंह
आजादी के सपना के सिरिजनहार कुंवर सिंह

इतिहास के होला सांपे लेखा टेढ़टाढ़ चाल
कभी सूतेला निहाल, कभी उठेला बेहाल
बढ़ल आपस के फूट, देश हो गइल पैमाल
गांवे-नगरे फएल गइल कंपनी के जाल

मने-मने करत रहन सब विचार कुंवर सिंह
अपना देश खातिर पोसत रहन प्यार कुंवर सिंह

देखत-देखत ढाका-काशी के उजार हो गइल
लंकाशायर-मैनचेस्टर के सुतार हो गइल
अने-धने  भरल-पुरल, से भिखार हो गइल
भूखड़ टापू इंगलैंड गुलजार हो गइल

चुपे चुपे होत रहन तइयार कुंवर सिंह
खीसी जरत रहन एंड़ी से कपार कुंवर सिंह

जब अनमोल कलाकार के अंगूठा कटाई
आ, बलाते जब सोहागिनी के जेवर छिनाई
दिने दूपहर सड़क पर जबकि इज्जत लुटाई
अइसन के होइ, करेजा जेकर फाट ना जाई

आंख फार के देखले लूट-मार कुंवर सिंह
कान पात के सुनले हाहाकार कुंवर सिंह

भारत माता के अचक्के में पुकार हो गइल
खीस दबल रहे भीतर से उघार हो गइल
बाढ़ आइल अइसन जोश के, दहार हो गइल
बात बढ़त-बढ़त आखिर में जूझार हो गइल

देशी फउज के बनले सरदार कुंवर सिंह
अपना देश के भइले रखवार कुंवर सिंह

रहे मोछ ना, उ बरछी के नोक रहे रे
तरूआरे अइसन तेगा अइसन चोख रहे रे
कसल सोटा अइसन देह, मन शोख रहे रे
अइसन वीर जनमावल, धनी कोख रहे रे

ओह बुढ़ारी में जवानी के उभार कुंवर सिंह
अलबेला रे बछेड़ा असवार कुंवर सिंह
गइल जिनिगी अनेर, जब निशानी ना रहल
सवंसार के जवान प’ कहानी ना रहल
जिअल-मुअल दूनों एक, जब बदानी ना रहल
छिया-छिया रे जवानी, जबकि पानी ना रहल

हुंहुंकार के सुनवले ललकार कुंवर सिंह
रने वन मचवले धुआंधार कुंवर सिंह

होश बड़े-बड़े वीर के ठेकाने ना रहल
तोप, गोला के, बनूक के कवनो माने ना रहल
केकरो हाथ, गोड़, नाक, केकरो काने ना रहल
लागल एको झापड़, ओकरा तराने ना रहल

छपाछप फेरसु चारो ओर दुधार कुंवर सिंह
नीचे खून के बहवले पवनार कुंवर सिंह

होला ईंट के उत्तर पत्थर से देवे के जबाना
कस के दुशमन से बदला लेवे के जबाना
कभी छिप के, कभी परगट लड़े के जबाना
कभी हटे के, आ, कबहीं बढ़े के जबाना

रहन अइसन फन में खूबे हुंसियार कुंवर सिंह
राते रात करस अस्सी कोश ले पार कुंवर सिंह
अधिकार पा के मुरुख मतवाला हो जाला
रउआ कतनो मनाई, सुर्तवाला हो जाला
देश जागेला त दुनिया में हाला हो जाला
कंपनी का? परलामेंट के देवाला हो जाला

एह विचार के सिखवले बेवहार कुंवर सिंह
जगदीशपुर के माटी के सिंगार कुंवर सिंह

खांव गेहूं चाहे रहे एहूं दूनों सांझे पेट
दान मुटठी खोल के होय, चाहे खाली रहे टेंट
बांह देश के उधारे, चाहे गंगाजी के भेंट
मान कायम रहे, जीवन लीला ले समेट

अस्सी बरिस के भोजपुरी चमत्कार कुंवर सिंह
लक्ष्मीबाई-तंतिया-नाना के इयार कुंवर सिंह
                       23. 4. 55

No comments:

Post a Comment